Skip to content
15 October, 2026
  • Youtube
  • Facebook
  • Whatsapp
  • X
  • Instagram
  • Linked In
  • Telegram
  • Threads
ballia live

Ballia Live | Hindi News, India & World News

ना TV, ना अख़बार… बस खांटी समाचार

IMG_2456
https://youtu.be/QLQNSZ6BKRQ?si=Rpp6OaPemgBQ5gn8
https://youtu.be/u-hTDfCu66I?si=-zshHn9S3G0_F2bx
Primary Menu
  • जिला जवार
  • UP लाइव
  • CRIME डायरी
  • Campus रिपोर्ट
  • स्क्रीन TASTE
  • स्पेशल/Exclusive
  • ELECTION लाइव
  • बहरवासू
  • देश दुनिया
बलिया LiVE Videos
  • Home
  • Uncategorised
  • ददरी मेला में हमार बाछा
  • Uncategorised
  • भोजपत्तर

ददरी मेला में हमार बाछा

बाछा से एतना लगाव हो गइल रहे कि जब ओकरा पगहा आन गाँव के गहँकी के धरावल गइल त हमनी के भोंकार पार के रोवे लगनी जा.
News Desk 8 September, 2019 1 minute read

चंद्रेश्वर

(वरिष्ठ शब्द शिल्पी)

हर साल कातिक के पूरनमासी के मोका प पाँच -दस दिन पहिलहीं से नियाज़ीपुर में पशु मेला लागे सुरू हो जात रहे त गुरही आ चीनिया जिलेबी (लाल -पियर, भूअर) रसगुल्ला, कचउरी-पूड़ी, समोसा -छोला, लकठो,कुटुकी-पटउरी, मोतीचूर लड्डू, पेड़ा, आटा आ मैदा वाला खुरमा, छेना वाला खुरमा, टिकरी, बेलगरामी, सोन पापड़ी, बतासा (चीनिया) अस रंग -बिरंग के मिठाइयन आ नमकीन बेंजन (व्यंजन) के दोकानो सजे लागत रहे.

ददरी मेले में होता है पशु व्याारियों का आगमन
हाँड़ी में के भईं के अँवटल दूध के जमावल सजाव दही

हमनी के गाँव आशा पड़री से नियाज़ीपुर एक -डेढ़ कोस उत्तर अलंगे बा. ओकरा आगे जाइब त रउरा सबके गंगाजी के झगमग पानी दिखाई परे लागी. गंगा जी के एकदम अरारे प नियाज़ीपुर के एगो टोला बा — लाल सिंह के डेरा. अहीर लोग के डेरा ह. डेरा माने अस्थायी घर -दुवार. गाँव के बहरी, खेत -बधार के लगे. बाक़ी ई डेरा बाद में टोला में बदल जात रहन स. एह डेरा प एगो सरकारी प्राइमरी इसकूलो खुलल रहे, सन् साठ-सत्तर के दहाईं में. एहिजा से नाव से गंगा जी पार कइला प बलिया टाउन आ जात रहे. एहिजा के अहीर लोग लगहर जानवर में गाइ-भईं ज़ादा पालत रहे आ दूध -दही नाव का राहे गंगा मइया जी के पार क के बलिया टाउन तक ले जाके बेचत रहे. एहिजा के इसकूल में ढेर दिन तक हमार बाबूजी केदार पाँड़े हेड मास्टर रहल रहन. हेड मास्टर कहीं चाहे टीचर, एक मास्टर वाला इसकूल रहे ओहघरी ऊ. ई अस्सी के पहिले के बात ह. ओहिजा के अहीर दबंग रहे लोग. ऊ केहू के धौंस में ना रहत रहे लोग. ऊ केहू से बदला लेबे के होत रहे त अन्हरिया पख में धावा बोलत रहे लोग. ऊ लोग हमरा बाबूजी के सोझबक बाभन समझ के बहुते आदर -मान देत रहे. ओह गाँव के हाँड़ी में के भईं के अँवटल दूध के जमावल सजाव दही बचपन में हमहूँ खइले बानी, खिचड़ी आ होली में.

एह लहर में सामाजिक नेयाव के लड़ाई बहुते पाछा चल गइल

नियाज़ीपुर गाँव बाभन बहुल गाँव ह, बाभनो में पाठक उपाधि वाला सरजूपारी बाभन ढेर बा लोग. बहुत पहिले… सन् 1991 -92 के पहिले जब लाल किसुन अडवानी जी के रामरथ ना निकलल रहे, सोमनाथ से अजोधा जी तक वाला त एह गाँव के ज़ादा बाभन -पंडी जी लोग काँग्रेसी रहे. रामरथ के बाद त हिन्दुत्व के लहर बढ़ते गइल … एह लहर में सामाजिक नेयाव के लड़ाई बहुते पाछा चल गइल आ ओकर नया मसीहा लालू जी के लोग ज़ेल में डालि दिहल. बात ह त बात प बात आ जाला. हम ददरी मेला के बारे में लिखे जात रहीं आ पहुँच गइल बात सियासत प.

इसे भी पढ़ें – पहिले हमनी के गाँव -जवार में बियाह-सादी में नाच आ बैंडबाजा के बहुते महातम रहे

युगांतरकारी लेखक भारतेन्दु हरिश्चंदर आपन भासन किसानन के सुनवले रहलन

ददरी मेला यूपी आ बिहार दूनो ओर लागेला. एह पार बलिया आ ओहपार बलिया. एह जगहिया के भिरगु छेत्र कहल जाला. एही भिरगु कुल के केतु माने पताका माने झंडा रहलन परसुराम मुनी. एह ददरी मेला के पहचान पूरा उत्तर भारत में बा. एहिजे के ददरी मेला में हिन्दी के युगांतरकारी लेखक भारतेन्दु हरिश्चंदर आपन भासन किसानन के सुनवले रहलन आ एह मेला में आपन नाटको खेलले रहन. भारतेन्दु हरिश्चंदर के पीढ़ी के हिन्दी के लेखक -कवि लोग आपन माटी, लोकजीवन आ लोकसंस्कृति से, आपन बोली -बानी से गहिरे जुड़ल रहे लोग. ओह लोग के सोर (जड़) आपन ज़मीन में बहुत नीचे तक गइल रहे, पताल तक! आजु लेखा ना, बिना सोर के, माटी के अंदर के रस से कटल. गाँव से दूर सहर में आके लोग ख़लिसा बौधिक बिमर्स में लागल बा आ ज़ादा से ज़ादा नीरस साहित्य के रचना क रहल बा. एकरा के नकली भा चोरुवा कहल जा सकेला. अब स्त्रिए बिमर्स के लीं ना. एह साहित्य के सामान्य गँवई भा सहरी नारी लो प केतना असर बा! ई सब लेखन के बहुलांस ज़मीनी हक़ीक़त से कटल बा. एगो समइया में भारतेन्दु नियर लेखक रहलन, जन से आ ज़मीन से जुड़ल, संबाद करे वाला, ना कि राजधानी में बइठ के अपना पत्रिका के दफ़्तर में गलचउर करे वाला.

इसे भी पढ़ें – बहुरा, तीज-जिउतिया, छठ परब आ हमार लोक संस्कृति

भईं -पाड़ी आ पड़रू के सिंगार -पटार क के, घुघूर -घाँटी बान्ह के

जे होखे, ई मेलवा अबो लागेला बाक़ी ओह में बएल आ बाछा के बिकरी लगभग-लगभग बने हो गइल बा जब ले किरसी, खेतीबारी मसीनी हो गइल. पहिले जब ई मेला लागत रहे त हमरा गाँव के दक्खिन -पूरूब आ पछिम के किसान लोग हमरे गाँव के सड़किया ध के मेला में जात रहे लोग. दिनभर आ रात भर रहता (रास्ता) चलत रहे. धूर उड़े मवेसिन के खूरन से. हमनी के देखीं जा कि ख़ूबे सजा-सजा के, अपना बएल -बाछा, गाइ-गोरू-बाछी, भईं -पाड़ी आ पड़रू के सिंगार -पटार क के, घुघूर -घाँटी बान्ह के, रंग -बिरंग के पगहा में लोग ले जात रहे. अब ऊ पशु सौन्दर्य के बिराट दृश्य पता ना कहँवा बिला गइल. लोगबाग मेला में बएल के, गाइ के, भईं के सिंग रँग के ले जात रहे भा ओकरा में सरसों के तेल लगा के, चमक पएदा क के. एक बेर हमहूँ आपन एगो पोसल बाछा ले के मेला में गइल रहीं, छोटका चाचा के साथ. हमार समउरिया चचेरा भाई असोको जी गइल रहलन. हमनी के बहुते उछाह -आ उमगत मन से मेला में गइल रहीं जा, बाक़िर बाछा बिकला के बाद जब चाचा कहलन कि हई ल लो दस -दस रूपिया आ जा के मेला घूम के आव लोग त हमनी के मेला में जिलेबी भा कँवनो मिठाई अरघल ना. हमनी के सोचले रहीं जा कि ख़ूबे मेला में मस्ती मारब जा, कठघोड़वा आ चरखी प चढ़ब जा, गुलाबजामुन आ रसगुल्ला खाइब जा बाक़ी ई सब अरमान सँचल के सँचले रहि गइल. बाछा से एतना लगाव हो गइल रहे कि जब ओकरा पगहा आन गाँव के गहँकी के धरावल गइल त हमनी के भोंकार पार के रोवे लगनी जा. हमरा ढेर ना एतने ईयाद बा कि आजु से चालीस -पचास साल पहिले ओह सोकन आ डापुट बाछा के दाम लागल रहे एक हज़ार रूपिया. हमरा ईहो ईयाद बा कि ढेर दिन तक हम बाछा ख़ातिर उदास रहनी. दुवार सून लागत रहे आ हमहीं ना घरभर ओकरा के ईयाद करे. ओकरो माई सोकनी गइयो दू-चार दिन तक चारा कम खइले रहे, सूँघ के छोड़ देत रहे. अब ई सब जिनगी के बात भूत में बदल गइल …ख़िस्सा -कहनी बन गइल. 

(महर्षि विश्वामित्र की तपोभूमि और लिट्टी -चोखा के लिए मशहूर पंचकोसवा की धरती बक्सर के मूल निवासी हैं लेखक, संप्रति यूपी के बलरामपुर में एमएलकेपीजी कॉलेज में हिंदी विभागाध्यक्ष / एसोसिएट प्रोफेसर हैं और लखनऊ में रहते हैं, प्रस्तुत टिप्पणी उनके फेसबुक कोठार से साभार).

Post navigation

Previous: बलिया न्यूज़ अपडेट में पढ़ें खबरें एक साथ संक्षेप में
Next: जेवर चोरी मामले में कार्रवाई के लिए मुख्यमंत्री को लिखा पत्र

ये भी पढ़ें

dead_body_lash
  • Accident
  • Front Page
  • खेती-बारी
  • फोटो गैलरी
  • बेल्थरा रोड
  • भोजपत्तर

कार की चपेट में आकर 10 वर्षीय बालक की मौत

Ashish 22 February, 2026
IMG-20260221-WA0021
  • Front Page
  • Uncategorised
  • जिला जवार
  • फोटो गैलरी
  • बलिया शहर

खादी ग्रामोद्योग बोर्ड का जागरूकता शिविर, युवाओं को स्वरोजगार योजनाओं की जानकारी

Ashish 21 February, 2026
CMO ko Gyapan Ballia
  • Uncategorised
  • जिला जवार
  • बलिया शहर

बलिया जिला अस्पताल में अव्यवस्था और भ्रष्टाचार का आरोप, सामाजिक कार्यकर्ता ने उठाई 11 सूत्रीय मांग

General Desk 9 February, 2026

Recent Posts

  • भाजपा पिछड़ा वर्ग मोर्चा के बलिया जिलाध्यक्ष बने संजीव कुमार वर्मा, 2027 के लिए महत्वपूर्ण जिम्मेदारी
  • चोरों ने आरआरसी सेंटर में खड़े ई-रिक्शा को बनाया निशाना, बैटरी-हेडलाइट समेत कई उपकरण ले उड़े
  • मुख्यमंत्री सामूहिक विवाह समारोह में 83 जोड़ों ने लिए सात फेरे, उपहार में घरेलू सामान और वधू के खाते में कैश
  • एसपी बलिया ने बांसडीह कोतवाली का किया औचक निरीक्षण, कस्बे में फ्लैग मार्च कर परखी सुरक्षा व्यवस्था
  • डांडिया नाइट में जमकर थिरकीं विधायक केतकी सिंह, सैकड़ों महिलाओं की मौजूदगी में देर रात तक गूंजा संगीत
  • ट्रक की टक्कर से साइकिल से घर लौट रही छात्रा की मौत, होमगार्ड का जवान घायल
  • बेल्थरारोड में पूजन-अर्चन के साथ शुरू हुई भव्य रामलीला
  • भोजपुरी की नई फिल्म का फर्स्ट लुक सामने आया- एक्शन और रोमांस के तड़के साथ भरपूर मसालेदार फिल्म की झलक
  • उचक्कों ने महिला के पर्स से उड़ाए गहने, कोतवाली से कुछ ही दूर भीड़ वाली जगह पर वारदात
  • Rekha Birthday: 72 साल की उम्र में भी कायम है खूबसूरती और अदाकारी का जादू, जानिए संघर्ष से शिखर तक पहुंचने की कहानी
  • श्रद्धांजलि देकर बोले अखिलेश यादव- स्व. रामगोविन्द चौधरी का संघर्ष खाली नहीं जाएगा, 2027 में मिलेगी बड़ी जीत
  • शिक्षा, रोजगार और विकास के मुद्दों पर जागरूक रहे युवा-सुभासपा महासचिव
  • अवैध पटाखा मामले में दूसरा आरोपी अब तक फरार, मकान में छिपाकर रखे थे छह लाख के पटाखे
  • तीन सड़क हादसों में एक महिला सहित सात लोग घायल, तीन की हालत गंभीर
  • बदहाल सड़क की मरम्मत के लिए ग्रामीणों का धरना जारी, ग्रामीण बोले जर्जर सड़क पर आए दिन हो रहीं दुर्घटनाएं
  • स्वर्गीय रामगोविंद चौधरी को श्रद्धांजलि देने अखिलेश यादव, संजय सिंह समेत तमाम नेता पहुंचेंगे बलिया
  • सरयू की लहरें निगल रहीं गांव, अस्तित्व बचाने के लिए ग्रामीणों की बैठक, सरकारी कार्यों से संतुष्ट नहीं
  • झोपड़ी पर गिरी आकाशीय बिजली, चपेट में आने से व्यक्ति की मौत, दो महिलाएं गंभीर रूप से घायल
  • तेज रफ्तार बाइक से आमने-सामने की टक्कर में युवक की मौत, परिवार में मचा कोहराम
  • आम्रपाली दुबे की नई फिल्म बीवी हो तो ऐसी का ट्रेलर रिलीज, पारिवारिक रिश्तों के पेंच और हास्य का फुल डोज
  • बेल्थरारोड में लाखों रुपए कीमत के पटाखे जब्त, अवैध भंडारण पुलिस की छापेमारी
  • मारपीट और गाड़ी में तोड़फोड़ के मामले में केस दर्ज, जांच में जुटी पुलिस
  • बेल्थरारोड क्षेत्र में बदहाल बिजली व्यवस्था की शिकायतों पर विधायक हंसूराम ने अधिकारियों को दिया अल्टीमेटम
  • ग्राम पंचायत की ओर से स्कूल में बिछाई जा रहीं इंटरलाकॉकिंग ईंटें, बच्चों को मिलेगा साफ-सुथरा परिसर
  • गाली-गलौच और मारपीट के आरोप में महिला की शिकायत पर पड़ोसी व्यक्ति पर केस दर्ज

You may have missed

Sanjeev Verma BJP OBC Morcha
  • जिला जवार
  • राजनीति
  • सिकंदरपुर

भाजपा पिछड़ा वर्ग मोर्चा के बलिया जिलाध्यक्ष बने संजीव कुमार वर्मा, 2027 के लिए महत्वपूर्ण जिम्मेदारी

General Desk 14 October, 2026
Eriksha Chori
  • जिला जवार
  • बेल्थरा रोड

चोरों ने आरआरसी सेंटर में खड़े ई-रिक्शा को बनाया निशाना, बैटरी-हेडलाइट समेत कई उपकरण ले उड़े

General Desk 14 October, 2026
Belthra Samuhik vivah 1
  • जिला जवार
  • बेल्थरा रोड

मुख्यमंत्री सामूहिक विवाह समारोह में 83 जोड़ों ने लिए सात फेरे, उपहार में घरेलू सामान और वधू के खाते में कैश

General Desk 14 October, 2026
Bansdih Nirikshan SP Ball
  • जिला जवार
  • बांसडीह

एसपी बलिया ने बांसडीह कोतवाली का किया औचक निरीक्षण, कस्बे में फ्लैग मार्च कर परखी सुरक्षा व्यवस्था

General Desk 14 October, 2026

Recent Comments

  • Shree Ram on योग के प्रति जागरूकता बढ़ाने के लिए प्रभात फेरी का आयोजन
  • Ramakant on मुख्यमंत्री ग्रामोद्योग रोजगार योजना का लाभ उठायें लाभार्थी
  • शिवकुमार सिंह कौशिकेय on छठ महापर्व पर विशेष- अस्ताचलगामी सूर्य को व्रती देंगे अर्घ्य
  • Bablu on निर्माणाधीन कार्य समय से पूरा नहीं होने पर प्रोजेक्ट मैनेजर होंगे उत्तरदायी – डीएम
  • Kazipur Social Media on साड़ी से लटका मिला महिला का शव, परिजनों के मुताबिक विवाहिता ने खुदकुशी की

Tags

बलिया न्यूज बलियान्यूज़ बलियाबड़ीखबर बलिया लाइव बलिया समाचार बसपा बांसडीह बागीबलिया बागी बलिया बाढ़ बिजली बिल्थरारोड बिहार बीएसए बेल्थरारोड बैरिया ब्रेकिंग न्यूज भाजपा मंत्री मऊ मनियर मारपीट मुख्यमंत्री मौत रसड़ा रेल रेवती लखनऊ वाराणसी विधानसभा विधायक शराब सपा समाजवादी पार्टी सहतवार सांसद सिकंदरपुर सीएचसी सीयर सुखपुरा सोनबरसा हत्या हल्दी हादसा हिंदी न्यूज़
  • About Us
  • Contact Us
  • Privacy Policy
  • Youtube
  • Facebook
  • Whatsapp
  • X
  • Instagram
  • Linked In
  • Telegram
  • Threads
© 2012 - 2026 Ballia LiVE | All rights reserved.