Skip to content
23 October, 2026
  • Youtube
  • Facebook
  • Whatsapp
  • X
  • Instagram
  • Linked In
  • Telegram
  • Threads
ballia live

Ballia Live | Hindi News, India & World News

ना TV, ना अख़बार… बस खांटी समाचार

IMG_2456
https://youtu.be/NbuRlLVVtG0?si=jSohAK1hkRlbjnql
https://youtu.be/u-hTDfCu66I?si=-zshHn9S3G0_F2bx
Primary Menu
  • जिला जवार
  • UP लाइव
  • CRIME डायरी
  • Campus रिपोर्ट
  • स्क्रीन TASTE
  • स्पेशल/Exclusive
  • ELECTION लाइव
  • बहरवासू
  • देश दुनिया
बलिया LiVE Videos
  • Home
  • बतकही
  • बलिया लाइव विशेष- कोरोना काल में बढ़ल गांव के लोगन के परेशानी
  • Featured Story
  • जिला जवार
  • बतकही
  • भोजपत्तर

बलिया लाइव विशेष- कोरोना काल में बढ़ल गांव के लोगन के परेशानी

Remote Desk 26 May, 2021 1 minute read
BALLIA_VILLAGE

सांकेतिक चित्र

(मोहन सिंह, वरिष्ठ स्तंभकार)

 

कवनों विपति के समय लोगन के सामने कवना तरह के मुसीबत आवेला ओकर बहुत जीवंत वर्णन गोस्वामी तुलसीदास जी एगो कवित में कइले बानी,,,,. खेती न किसानी को भिखारी के ना भीख भली, वणिक को वणिज न चाकर के चाकरी. जीविका विहीन लोग सीधमान सोचवश कहे एक दूसरों कहां जाइ,का करी. जी हां,लगातर ई दूसरका साल बा, जब लोगन के समझ नइखे आवत कि अब का होई. खासकर अइसन समय में जब देश में कोरोना के दुगो लहर में पता ना कतना जिंदगी बर्बाद हो गईल.अब तीसरका लहर के आवें के भविष्यवाणी हो रहल बा.

 

गांव में कवनों अइसन घर नइखे, जहॉ केहु कवनों ना कवनों अपना खास के ना खोवले होखें. लेकिन जइसन कुँवर नारायण के एगो कविता में बतावल गईल बा, आ जवना के ई आशय बा कि आदमी के साहस से ताकतवर कवनों आफत, विपत्ति ना हो सकें. एह उम्मीद के सहारे जीवन के नाव आगे खेंवात बा. ई किसानन के जिंदगी में भी तबाही के दुसरका साल चलत बा. पिछलका साल के कोरोना के आफत भी कवनों कोर कसर ना छोड़ले रहें. सब्जी के खेती,गर्मी वाला मक्का के किसानन के पैदावार के काफी नुकसान भईल रहें. एह साल गनीमत अतने बा कि किसानन के अनाज खलिहान से घर आ गईल बा. असमय बरसात से किसान के पैदावार बच गईल बा. बाकी किसानन के पैदावार के सरकारी खरीद में एह साल एतना तकनीकी दिक्कत खड़ा हो गइल बा कि जरूरतमंद किसान उबिया के आपन पैदावार कम दाम पर साहूकारन के बेंचे के मजबूर बाड़न.

 

सब्जी के खेती करें वाला किसानन के हाल ई बा गांव में लौकी,नेनुआ,करैला आ परवल तोड़ाई के मजदूरी ऑइल मुश्किल हो गइल बा. यहां याद कइल जरूरी बा कि उत्तर प्रदेश आ बिहार में गंगा,घाघरा के बीच के दोआब में बड़ा पैमान पर जायद के खेती होला. कोरोना के पिछला दौर में जवन मजदूर शहर से गांव ऑइल रहें उ अधिकतर लोग दुबारा शहर गईला के अपेक्षा खेती के काम में हाथ आजमावे के कोशिश कईल. एह लोगन के वजह से खेत के मालगुजारी बढ़ गईल. ई लोग एह उम्मीद में खेती कइल कि शहर में दर दर के ठोकर खइला से बेहतर बा कि आपन खेती बारी कइल जाय.बाकी ओह उम्मीद पर एह साल भी फेर पानी फिर गईल. जायद के खेती करे वाला किसानन के लागत निकालल मुश्किल हो गईल बा.केरल सरकार की तरह सब्जी के पैदावार के न्यूनतम समर्थन मूल्य देबे के कवनों राज्य सरकार घोषणा नइखे कइले.

 

अभी तक रबी के फसल के खरीद के ही कवनों समुचित व्यवस्था नइखे हो पावत.आलू,प्याज के किसान जरूर एह साल फायदा में बाड़े.बाजार में एह समय सबसे महंगा सब्जी आलू आ प्याज बिकत बा.लग्न, विवाह में सब्जी के खपत कम हो गइल बा,काहे कि आयोजन के आकार एह समय छोटा होत बा.आवाजाही पर पाबन्दी,होटल ढाबा,रेस्तरां के बंदी की वजह से भी लागत दाम किसानन के नइखे मिलत.विवाह के अलावा गांव में आजकल बड़ा आयोजन के फैशन हो गइल बा,छोट बच्चन के मुड़न संस्कार के. गावँ में आजकल खूब बाजा गाजा संग बड़ा पैमाना पर ई आयोजन के सिलसिला चल पड़ल बा. बाकी एह कोरोना काल में जब से गंगा जी मे अधमरल आदमी के लाश उतरॉईल दिखाइल हा, अब लोग गंगा जी में स्नान करें से परहेज करें लागल बा. मुंडन के नाम पर खाली पंडित जी हजाम, लड़का आ ओकर माई, घरे से नहा के किनारे मुंडन के रस्म पूरा करावत बा.

 

शाम के बड़ा भोज के आयोजन होत बा, जवना में शादी विवाह के तरह कोरोना प्रोटोकॉल के माने के जरूरत लोग महसूस नइखे करत.पौराणिक कथा में एह बात के जिक्र मिलेला कि राजा भगीरथ के प्रयास से उनका पुरखन के तारे खातिर गंगा जी के अवतरण पृथ्वी पर भईल.सवाल ई बा कि का ई अइसन समय आ गईल बा कि पतित पावनी, मोक्ष दायनी गंगा जी जल में अब उ पवित्रता नइखे रह गईल आ लोगन के आस्था में कवनों कमी आ गईल बा कि लोग आचमन करें अथवा मुंडन संस्कार के बाद स्नान के हिम्मत नइखे जुटा पावत. ई भी ओह देश में जहां नदी के किनारे पूरी सभ्यता विकसित भइला के दावा कइल जाला.सिंधु सभ्यता के विकास भी जवना इलाका में भइल बा,आ जवन स्थानन के नामकरण भइल बा ओकर एगो अर्थ बा लाशों का टीला.अभी गनीमत बा कि कोरोना काल में भी गंगा जी के बहाव में लाशन के ढ़ेर नइखे मिलत. बाकी एह परिस्थिति में महामारी के भयावहता त प्रकट होते बा.ओह देश में जहां गर्भाधान से मृत्यु तक के संस्कार के विधान खेती किसानी आ गंगा जल के शुद्धता से जुड़ल बा.,,,,,,, मोहन सिंह अपना गांव दोकटी से..

(लेखक मोहन सिंह वरिष्ठ स्तंभकार हैं. यह उनके निजी विचार हैं.)

Tags: मोहन सिंह

Post navigation

Previous: मिश्रवलिया, मैरिटार,मोहन छपरा के नव निर्वाचित ग्राम प्रधानों ने शपथ ली
Next: युवती को शादी का झांसा देकर बनाए संबंध, अब परिजन शादी नहीं होने दे रहे

ये भी पढ़ें

Bansdih Flood 1
  • जिला जवार
  • बांसडीह

Ballia-बारिश और बाढ़ से फसल तबाह हुई थी, खाते में पहुंची मुआवजे की रकम

General Desk 22 October, 2026
Tehsildaar Katan Visit
  • जिला जवार
  • बांसडीह

सरयू की प्रचंड लहरों के आगे बेमानी साबित हो रहे कटानरोधी प्रयास, महाराजपुर गांव में मुश्किलें जारी

General Desk 22 October, 2026
FRAUD
  • CRIME डायरी
  • जिला जवार
  • बांसडीह

पिता ने बेटे और बैंककर्मियों पर लगाया धोखाधड़ी का आरोप, कहा बैंक खाते से बिना जानकारी निकाल लिए 1.53 लाख

General Desk 22 October, 2026

Recent Posts

  • Ballia-बारिश और बाढ़ से फसल तबाह हुई थी, खाते में पहुंची मुआवजे की रकम
  • सरयू की प्रचंड लहरों के आगे बेमानी साबित हो रहे कटानरोधी प्रयास, महाराजपुर गांव में मुश्किलें जारी
  • पिता ने बेटे और बैंककर्मियों पर लगाया धोखाधड़ी का आरोप, कहा बैंक खाते से बिना जानकारी निकाल लिए 1.53 लाख
  • शिक्षक और स्नातक एमएलसी चुनाव के लिए चार केंद्रों पर होगा मतदान, 5357 मतदाता देंगे वोट
  • पांच दशक पहले शिक्षा की अलख जगाने वाले स्व. मोहन सिंह को जयंती पर किया नमन
  • मधुबन ढाला के पास अनियंत्रित होकर बाइक गड्ढे में पलटी, युवक घायल
  • तेज रफ्तार बाइक की टक्कर से रेलवे क्रॉसिंग का बैरियर टूटा, आधे घंटे तक मची रही अफरा-तफरी
  • Civic Nonsense: स्पीकर फ़ोन के इस्तेमाल पर दक्षिण रेलवे की अच्छी पहल
  • एमएलसी चुनाव को लेकर समाजवादी पार्टी ने भाजपा पर लगाए गंभीर आरोप
  • हत्या की कोशिश के वॉन्टेड आरोपी को रसड़ा पुलिस ने किया गिरफ्तार, महिला पर किया था हमला
  • महानवमी पर पूजा-अर्चना और कन्या पूजन, मंदिरों में उमड़ी भीड़
  • प्लॉट पर बाउंड्री निर्माण को लेकर विवाद, सभासद समेत सात लोगों पर केस
  • जुआ खेलते पकड़े गए 9 लोग, पुलिस ने दो लाख से अधिक की नकदी बरामद की
  • क्षेत्र पंचायत कार्यालय के पास प्रेरणा कैंटीन की शुरुआत, महिलाओं के हाथ में संचालन, होंगी आत्मनिर्भर
  • नवरात्रि और विजयदशमी पर डीएम ज्ञानेंद्र सिंह ने दीं शुभकामनाएं, कहा बनाए रखें आपसी सौहार्द
  • भीड़भाड़ वाली जगहों पर महिलाएं कैसे रहें सुरक्षित? मिशन शक्ति अभियान 6.0 के तहत किया गया जागरूक
  • मतदाता सूची में नाम जुड़वाने का मौका, 12 नवंबर से शुरू होंगे दावे-आपत्तियां
  • दुर्गा मंदिर के स्थापना दिवस पर 151 महिलाओं का सम्मान
  • सरयू के कटान से प्रभावित गांवों के लोग बांसडीह तहसील का करेंगे घेराव, कई बैठकों के बाद आंदोलन का ऐलान
  • देवरिया-बलिया सीमा पर पुल से किशोर ने सरयू नदी में लगाई छलांग, परिजनों की डांट से नाराज था
  • संपूर्ण समाधान दिवस में नौ महिलाओं की शिकायतों का मौके पर ही निस्तारण
  • दादा के नाम पर पौत्र ने गांव के सरकारी स्कूल में दी स्मार्ट क्लास रूम की सुविधा
  • डीएम बलिया का सख्त निर्देश, सुबह 10 बजे हर हाल में कार्यालय पहुंचें अधिकारी
  • बांसडीह क्षेत्र के गांव के पोखरे में मगरमच्छ देखे जाने की खबर से सनसनी, निगरानी बढ़ाई गई
  • बलिया की बेटी का चयन उत्तर प्रदेश अंडर 19 कबड्डी टीम में, नेशनल चैंपियनशिप खेलेगी

You may have missed

Bansdih Flood 1
  • जिला जवार
  • बांसडीह

Ballia-बारिश और बाढ़ से फसल तबाह हुई थी, खाते में पहुंची मुआवजे की रकम

General Desk 22 October, 2026
Tehsildaar Katan Visit
  • जिला जवार
  • बांसडीह

सरयू की प्रचंड लहरों के आगे बेमानी साबित हो रहे कटानरोधी प्रयास, महाराजपुर गांव में मुश्किलें जारी

General Desk 22 October, 2026
FRAUD
  • CRIME डायरी
  • जिला जवार
  • बांसडीह

पिता ने बेटे और बैंककर्मियों पर लगाया धोखाधड़ी का आरोप, कहा बैंक खाते से बिना जानकारी निकाल लिए 1.53 लाख

General Desk 22 October, 2026
Bansdih SDM Pushkar Mishra
  • जिला जवार
  • बांसडीह

शिक्षक और स्नातक एमएलसी चुनाव के लिए चार केंद्रों पर होगा मतदान, 5357 मतदाता देंगे वोट

General Desk 21 October, 2026

Recent Comments

  • Shree Ram on योग के प्रति जागरूकता बढ़ाने के लिए प्रभात फेरी का आयोजन
  • Ramakant on मुख्यमंत्री ग्रामोद्योग रोजगार योजना का लाभ उठायें लाभार्थी
  • शिवकुमार सिंह कौशिकेय on छठ महापर्व पर विशेष- अस्ताचलगामी सूर्य को व्रती देंगे अर्घ्य
  • Bablu on निर्माणाधीन कार्य समय से पूरा नहीं होने पर प्रोजेक्ट मैनेजर होंगे उत्तरदायी – डीएम
  • Kazipur Social Media on साड़ी से लटका मिला महिला का शव, परिजनों के मुताबिक विवाहिता ने खुदकुशी की

Tags

बलिया न्यूज बलियान्यूज़ बलियाबड़ीखबर बलिया लाइव बलिया समाचार बसपा बांसडीह बागीबलिया बागी बलिया बाढ़ बिजली बिल्थरारोड बिहार बीएसए बेल्थरारोड बैरिया ब्रेकिंग न्यूज भाजपा मंत्री मऊ मनियर मारपीट मुख्यमंत्री मौत रसड़ा रेल रेवती लखनऊ वाराणसी विधानसभा विधायक शराब सपा समाजवादी पार्टी सहतवार सांसद सिकंदरपुर सीएचसी सीयर सुखपुरा सोनबरसा हत्या हल्दी हादसा हिंदी न्यूज़
  • About Us
  • Contact Us
  • Privacy Policy
  • Youtube
  • Facebook
  • Whatsapp
  • X
  • Instagram
  • Linked In
  • Telegram
  • Threads
© 2012 - 2026 Ballia LiVE | All rights reserved.