Skip to content
26 September, 2026
  • Youtube
  • Facebook
  • Whatsapp
  • X
  • Instagram
  • Telegram
  • Threads
ballia live

Ballia LIVE Since 2012 | Published by Mriegank SHEKHAR

ना TV, ना अख़बार… बस खांटी समाचार

cropped-cc-advert.png
Primary Menu
  • जिला जवार
  • UP लाइव
  • CRIME डायरी
  • Campus रिपोर्ट
  • स्क्रीन TASTE
  • स्पेशल/Exclusive
  • ELECTION लाइव
  • बहरवासू
  • देश दुनिया
बलिया LiVE Videos
  • Home
  • भोजपत्तर
  • पहिले हमनी के गाँव -जवार में बियाह-सादी में नाच आ बैंडबाजा के बहुते महातम रहे
  • भोजपत्तर

पहिले हमनी के गाँव -जवार में बियाह-सादी में नाच आ बैंडबाजा के बहुते महातम रहे

अब त विडियो आ टीवी के आगे सब नाचबाजा फेल बा. नयका लोग भोजपुरी के माने फूहड़ता समझत बा लोग.
News Desk 1 September, 2019 1 minute read

चंद्रेश्वर

वरिष्ठ शब्द शिल्पी

पहिले हमनी के गाँव -जवार में बियाह-सादी में नाच आ बैंडबाजा के बहुते महातम रहे, ना कह सकीं कि अबहियो ओतने महातम बा एह सब के. गाँव में कोई के बेटी के बारात आवत रहे त दिने में दस बजे ले सामियाना गड़ाए लागत रहे. चोभ वाला. लरिकाईं में हमनी के पहिलका काम रहत रहे ई कि पता लगाईं जा कि केकर नाच पार्टी आवत बा! अतने ना, हमनी के अगल-बगल के गाँवो में जाके पता लगावत रहीं जा कि केकर नाच पार्टी आवत बा! हमनी के गाँव में दू-चार बार बढ़िया नाच पार्टी आइल होई; बाक़ी बगल के गाँव सिमरी नाच ख़ातिर मसहूर रहे, खरहाटाँड़ आ सिंहनपुरा में, बलिहार -दुल्लहपुर में बियाह -सादी में बढ़िया नाच पार्टी आवत रही स. हम लरिकाईं में चाई ओझा के नाच सिमरी, दुद्धी पट्टी में देखले रहीं, सन् 1972-73 में. एगो लमहर समे गुज़र गइल एह बीच. अबहीं किछु दिन पहिले हमरा चाई ओझा के ईयाद आइल त हम उन्हुका प एगो कविता खड़ी बोली में लिखले रहीं जेवन एहिजा नीचे दिहल जा रहल बा —

चाई ओझा की धुँधली -सी याद

चाई ओझा के नाच-गाने की/यादें / अब भी बचीं/
दिलो-दिमाग़ में/धुँधली -सी…
कहते लोग कि शादी -बारात में /नाच -गाने के लिए
बुलाए जाते /और करार से ज़्यादा पैसा
लूट कर ले जाते /प्यार -मुहब्बत से
बारात की विदाई के बाद/शामियाना उखड़ने लगता
दुल्हन विदा होने लगती /डोली में बैठकर
होश में आते तब/दुल्हा के बाप/जब चेंट उनका
ढीला हो गया होता/इस तरह नाम पड़ा
एक नचनिए -गवैए का/चाई ओझा
बचपन में या किशोरावस्था में /देखा था सन् 1972-73 में /चाई ओझा का नाच/वे जितना सुंदर नाचते
उतना ही सुंदर गाते/अपने सुरीले कंठ से
जब वे एक गीत में ‘नारायण’ को पुकारते…
कहते कि ‘गज के उबरनी रउरा नंगे पैर धाइ के’
तो सचमुच उसमें इतनी मार्मिकता होती/कि लगता
चाई ओझा के मंच पर /प्रकट ही हो जायेंगे /प्रभु नारायण
गोकि वे कभी प्रकट नहीं हुए…
मैं अपने गाँव -जवार से कितना दूर निकल आया
फिर भी जैसे ही लौटता यादों में/तभी भिखारी ठाकुर की
बिदेसिया की धुन गुनगुनाने का मन करता …

चाई ओझा की गाई किसी धुन से होने लगता
अनुप्राणित इतने साल बाद भी…

मेरे मन में बसीं…इतनी यादें
मेरे मन में बसीं…इतनी धुनें
पूर्वी गानों की कि कुछ न पूछें आप सब …
परदेस में इनकी याद भावुक ही नहीं बनाती
रूला भी देती है ……!

(चाई ओझा 1970 के दशक में भोजपुरी अंचल के आरा -बक्सर के आसपास के इलाक़े में एक मशहूर नर्तक -गायक थे. हमारी पीढ़ी के लोगों के ज़ेहन में उनकी धुँधली -सी याद ज़रूर बची होगी)

हमनी के नचदेखवा के हिरावल दस्ता में रहीं जा

अमर लोक कलाकार भिखारी ठाकुर के सरगबास 1972 में ह. ऊ हमनी के गाँव -जवार में केहू बड़कवा के सादी-बियाह में कबो हमनी के होस भइला प आइल होखसु, एकर कँवनो इसमिरती हमरा पास नइखे. हो सकता कि भिखारी ठाकुर के नाच पार्टी बिदेसिया के रेट ओहू घरी ज़ादा होखे. ऊ सामान्य आदमी भा परिवार के पहुँच भा अवकात से बाहर होखे.

हमनी के लरिकाईं में भारी नचदेखवा रहीं जा. नीमन नाच आवे त घर में गार्ज़ियन के आँखि में धूर झोंक के रात में निकल जात रहीं जा. हमनी के सामियाना में अगिला क़तार में बइठत रहीं जा. एक तरह से कहल जाय त नचदेखवा के हिरावल दस्ता में रहीं जा. हमनी के रात भर नाच देखि के समियने में सुत रहत रहीं जा. भोर में सेन्हे प धरात रहीं जा. अब कहही के पर जाला कि जा रे ज़माना!

गाँव में पहिले फूल मियाँ के एगो छोटहन बैंड बाजा रहे. बाद में हमनी के संग के मिडिल इसकूल तक पढ़ल जाकिरो मियां बैंड पार्टी बनवलन. हमरा इसमिरती में एगो बैंडबाजा के असर अब ले बा. फूल मिया से पहिले एगो सुलतान मियाँ के बैंडपार्टी रहे. एक तरह से सुलतान मियाँ आ फूल मियाँ के बाद जाकिर मियाँ तीसरकी पीढ़ी में आवेलन. अब इहो बूढ़ हो चलल बाड़े. जे होखे, फूल मियाँ भले बैंड पार्टी कामचलाऊँ रखले रहन बाकिर बैंड पार्टी के समाज में ऊ आपन ख़ूबे धाक जमवले रहन.

बियाह में बलिया के हरदी से बरियार बैंड पार्टी के गोल जुटवले रहन

एक हाली आपन छोट भाई भा बेटा भा भतीजा के बियाह में बलिया के हरदी से बरियार बैंड पार्टी के गोल जुटवले रहन, खलिसा नेवता प. ओह बैंड पार्टी के किलाट आ पिस्टीन मास्टर के जे सुनले बा ओकरा संवसे संसार में कहीं के बैंड पार्टी के बाजा के बाज अच्छा ना लागी. गज़बे बाजा के बाजल देखले बानी जा हमनी के, लरिकाईं में. पूरा गाँव उमड़त रहे सुने खातिर. अबही ढेर लोग जियत बा जे हमरा बतिया के गवाह बन जाई. एक से बढ़के एक पूरबी गाना के धुन सुनले बानी जा हमनी के; इहे ना फ़िल्मी गाना के धुनवो सुनले बानी जा. ओह घरी बाजा जब बाजे त सबकरा हियरा में ध्वनियन के बुलबुला फूटे लागत रहे. जइसे पानी में हिलकोरा उठेला ओइसे लोग के मन में उठे.

जब पिस्टीन से धुन निकले कि ‘ गवना कराइ पिया घरे बइठवल कि अपने बसेल परदेस ………’ त पीछे से ढेर अधेड़ लोग ‘हो…हो’ करे लागत रहे. एकरे में बीच में लौंडा जब कमर मटका के ठुमका लगावे त ढेर लोग आपन भूभुन फोरवावे ख़ातिर तय्यार हो जात रहे. लोग हाथ में दस टकिया लहरावे लागत रहे. ओह घरी लागे कि सबकर करेजा काढ़ि के पिस्टीन मास्टर बाहर रख दिहें. जेतने ज़मीन प लौंडा उछले ओतने पिस्टीनो धुरफान मचावे. ओही घरी के असर बा कि राह चलत भा लमहर सफ़र में अबहियो कँवनो भोजपुरी गाना के अंतरा अचक्के में गुनगुनाए लागेनी. इहे त हमार अंदर के थाती ह जेवन छिन जाई त हम कंगाल आ विपन्न हो जाइब. साँच पूछी त मुरदा हो जाइब.

अब त विडियो आ टीवी के आगे सब नाचबाजा फेल बा. नयका लोग भोजपुरी के माने फूहड़ता समझत बा लोग. ई एगो बड़हन त्रासदी बा जेवन हमनी के अँखियन के सोझा घटित हो रहल बा.

(लेखक संप्रति बलरामपुर ,यूपी में एमएलकेपीजी कॉलेज में हिंदी विभागाध्यक्ष/एसोसिएट प्रोफेसर हैं और लखनऊ में रहते हैं, प्रस्तुत टिप्पणी उनके फेसबुक कोठार से साभार)
Tags: बैंड भोजपुरी लोककला संगीत साहित्य

Post navigation

Previous: बलिया न्यूज़ अपडेट में पढ़ें खबरें एक साथ संक्षेप में
Next: ओवरटेक करने में ट्रैक्टर ट्राली से टकराई बाइक, दो घायल

ये भी पढ़ें

dead_body_lash
  • Accident
  • Front Page
  • खेती-बारी
  • फोटो गैलरी
  • बेल्थरा रोड
  • भोजपत्तर

कार की चपेट में आकर 10 वर्षीय बालक की मौत

Ashish 22 February, 2026
Sonvani Laxmi Pooja
  • जिला जवार
  • भोजपत्तर
  • लाइफ मंत्रा

दीपोत्सव में लोक गायक गोलू राजा, गोपाल राय, रितु राय के भजन और गीतों पर झूमे हजारों लोग

General Desk 22 October, 2025
Balliatic in mumbai janmashatami 1
  • Front Page
  • UP लाइव
  • देश दुनिया
  • फोटो गैलरी
  • भोजपत्तर

बलिया के लोगों ने मुंबई में किया श्रीकृष्ण जन्माष्टमी पर भव्य आयोजन

General Desk 16 August, 2025

Recent Posts

  • बलिया के बड़े समाजवादी चेहरे रामगोविंद चौधरी नहीं रहे, चुनाव से पहले सपा को बहुत बड़ा झटका
  • करीब एक दर्जन बकाएदारों के बिजली कनेक्शन काटे गए, सघन चेकिंग अभियान में  50 हजार रुपये वसूले
  • Ballia-सात दिन के पूजन-अर्चन के बाद गणपति प्रतिमा का विसर्जन
  • ‘नमामि भारतम्-वंदे भारत’ कार्यक्रम में वंदे मातरम् का सामूहिक गायन
  • डैंपनर भी नहीं रोक पाया सरयू की धार, अब घरों पर मंडरा रहा कटान का खतरा
  • बांसडीह में सपा का शक्ति प्रदर्शन, नए जिलाध्यक्ष सुनील मौर्य के स्वागत में रैली जैसा माहौल
  • नए डीएम ज्ञानेंद्र सिंह ने बताईं प्रशासन की प्राथमिकताएं, गरीबों तक योजनाओं का लाभ पहुंचाने पर विशेष जोर
  • बांसडीह कस्बे में हाईटेक इंतजाम, एडवांस वर्टिकल बुलेट कैमरे और हाईमास्ट लाइट से सुरक्षा होगी पुख्ता
  • नहर में मिला पांच दिन से लापता ई-रिक्शा चालक का शव
  • रात में घर से निकले निकले 70 वर्षीय वृद्ध अंधेरे में पोखरे में गिरे, सुबह मिला शव
  • बलिया के नए डीएम ज्ञानेंद्र सिंह ने संभाली कमान, विदाई समारोह में मंगला प्रसाद सिंह को दी गईं शुभकामनाएं
  • सरयू का घटता पानी कर रहा तेज कटान… सुल्तानपुर पोखरा में आबादी से चंद कदम दूर नदी
  • बलिया के पहले विधायक पं. राम अनन्त पाण्डेय की जयंती पर दी गई श्रद्धांजलि, नई पीढ़ी के लिए प्रेरणास्रोत
  • पुलिस ने महंगे कैमरा लूटने वाले गिरोह को दबोचा, फोटोग्राफी बुकिंग के बहाने बुलाते थे और लूट लेते थे
  • धूमधाम से निकला महावीरी झंडा जुलूस, दिखा आस्था, रोमांच और भाईचारे का संगम
  • स्नातकोत्तर महाविद्यालय बांसडीह में राष्ट्रीय संगोष्ठी, विषय विशेषज्ञों के साथ विधायक केतकी सिंह ने भी रखे विचार
  • कटान में खेत और घर गंवाने वाले किसानों को सरकार की तरफ से दिया गया मुआवजा
  • Bansdih: लड़की के फोटो का इस्तेमाल कर AI से अश्लील वीडियो बनाने, वायरल करने का आरोप, युवक पर केस
  • Bansdih: मनचलों ने बाइक से कॉलेज जाने वाली युवती को टक्कर मार कर गंभीर रूप से घायल किया, कई दिन से कर रहे थे पीछा
  • Bansdih: पुरानी रंजिश में घर में घुस कर मारपीट, 11 लोगों के खिलाफ केस दर्ज
  • तलवार के एक वार से पत्थर काटने वाले वीर लोरिक की शौर्य गाथाएं होंगी संरक्षित, 4.97 करोड़ की लागत से बन रहा सभागार
  • Bansdih: करंट से हुई मौत मामले में मुआवजे की रिपोर्ट को लेकर लेखपाल और कानूनगो को नोटिस
  • Sikanderpur: अघोषित बिजली कटौती को लेकर भड़का आक्रोश, 5 अक्टूबर से अनिश्चितकालीन धरने की चेतावनी
  • Bansdih: नीलगाय से टकराए बाइक सवार, एक युवक की हालत गंभीर
  • Bansdih: बर्थडे पार्टी में फोटोग्राफी के नाम पर बुलाकर बदमाशों ने कैमरा और बाइक लूटी

You may have missed

ram-govind-chaudhary
  • जिला जवार
  • राजनीति

बलिया के बड़े समाजवादी चेहरे रामगोविंद चौधरी नहीं रहे, चुनाव से पहले सपा को बहुत बड़ा झटका

Assignment Desk 26 September, 2026
Belthra Bijli kati
  • जिला जवार
  • बेल्थरा रोड

करीब एक दर्जन बकाएदारों के बिजली कनेक्शन काटे गए, सघन चेकिंग अभियान में  50 हजार रुपये वसूले

General Desk 25 September, 2026
Ganpati Visarjan
  • जिला जवार
  • बेल्थरा रोड

Ballia-सात दिन के पूजन-अर्चन के बाद गणपति प्रतिमा का विसर्जन

General Desk 25 September, 2026
Belthra vande Mataran
  • जिला जवार
  • बेल्थरा रोड

‘नमामि भारतम्-वंदे भारत’ कार्यक्रम में वंदे मातरम् का सामूहिक गायन

General Desk 25 September, 2026

Tags

बलिया न्यूज बलियान्यूज़ बलियाबड़ीखबर बलिया लाइव बलिया समाचार बसपा बांसडीह बागीबलिया बागी बलिया बाढ़ बिजली बिल्थरारोड बिहार बीएसए बेल्थरारोड बैरिया ब्रेकिंग न्यूज भाजपा मंत्री मऊ मनियर मारपीट मुख्यमंत्री मौत रसड़ा रेल रेवती लखनऊ वाराणसी विधानसभा विधायक शराब सपा समाजवादी पार्टी सहतवार सांसद सिकंदरपुर सीएचसी सीयर सुखपुरा सोनबरसा हत्या हल्दी हादसा हिंदी न्यूज़
  • About Us
  • Contact Us
  • Privacy Policy
  • Youtube
  • Facebook
  • Whatsapp
  • X
  • Instagram
  • Telegram
  • Threads
© 2012 - 2026 Ballia LiVE | All rights reserved.