मनियर: जनता के का विचार बा…

वीरेन्द्र सिंह- यूपी में सब बा। जवन कबो ना रहल अब बा। अपराधी के जेल बा। विकास के बहार बा। निवेश जोरदार बा। बढ़ गईल रोजगार बा। मंदिर निर्माण बा। दुनिया में भइल जय जय श्रीराम बा…..

पर विरोधी पक्ष के जवाब बा
बाबा के दरबार में खतम रोजगार बा, कोरोना से लाखन मर गइले, लाशन से गंगा भर गइली। मंत्री के बेटवा बड़ा रंगदार बा, किसानन के छाती पर रौंदत कार बा। जय श्रीराम के जाप बा। बइठल खाप बा।

ई त पक्ष एवं विपक्ष के आपसी तर्क और रार बा। अब देखत बानी जनता के का विचार बा

पवन जी

पवन सोनी चायवाला के कहना बा कि सरकार में पूरा विकास बा। ना जाति पाति के कौनो बात बा। देश तरक्की कईले बा। भारत के विदेश में भी नाम बा। ई सरकार ईमानदार बा।

 

महाशक्ति सिंह

महाशक्ति सिंह उर्फ कंचन जी के कहना बा कि कल कारखाना बंद बा। बढ़ल बेरोजगार बा। डीजल पेट्रोल महंगा बा। किसान के धान की खरीदारी न होत बा। किसान परेशान बा। फ्री के राशन के वजह से काम कईला के ना कौनो दरकार बा। लोग नईखे चाहत करे के मेहनत कि घरे बइठल ही खाए के मिलत नमक, तेल, अनाज बा। देश होत कर्जदार बा।

पारसनाथ तिवारी

पारसनाथ तिवारी एलआईसी एजेंट के कहना बा कि यूपी में सब ठीक बा। अयोध्या में राम के मंदिर बनत बा। काशी में काशी विश्वनाथ कॉरिडोर के निर्माण बा। ई सरकार में लाइन के भरमार बा। किसान के करजा माफ बा। फ्री में राशन बा। खाता में पैसा आवत बा। अब का चाही।

प्रवक्ता नागेंद्र कुमार कनौजिया

मनियर इंटर कॉलेज के इतिहास प्रवक्ता नागेंद्र कुमार कनौजिया के कहना बा कि कश्मीर से 370 धारा हटल ठीक बा ,लेकिन महंगाई बढ़ गईल बा। नौकरी लागत कम बा। बेरोजगारी बढ़ गईल बा। महंगाई बढ़ गईल बा। नौकरी वाले लोगन के पेंशन के कौनो व्यवस्था नईखे। सरकार कर्मचारियों के हित में नईखे।

उपाध्यक्ष माध्यमिक शिक्षक संघ बलिया हरेंद्र कुमार सिंह

मनियर इंटर कॉलेज के प्रवक्ता व पूर्व उपाध्यक्ष माध्यमिक शिक्षक संघ बलिया हरेंद्र कुमार सिंह
के कहना बा कि इ सरकार में लोगन के सुरक्षा और सम्मान बा। मेंडा माफिया के नामोनिशान समाप्त हो गइल बा। जनता खुशहाल बा। माध्यमिक विद्यालयों में ए सरकार में बिना रिश्वत के सरकारी नौकरी मिलल बा। जवन रिक्त पद रहल ह। सब भर गईल बा। ई सरकार से सब खुशहाल बा।

(मनियर संवाददाता -वीरेंद्र सिंह की खास रिपोर्ट)

This post is sponsored by ‘Mem-Saab & Zindagi LIVE’