Skip to content
20 September, 2026
  • Youtube
  • Facebook
  • Whatsapp
  • X
  • Instagram
  • Telegram
  • Threads
ballia live

बलिया समाचार – Ballia News, Ballia खबर, Breaking News on Crime, Politics & more by बलिया LIVE

ना TV, ना अखबार… (सड़क से संसद तक) बस खांटी समाचार

cropped-cc-advert.png

बलिया लाइव VIDEOs

Primary Menu
  • जिला जवार
  • UP लाइव
  • CRIME डायरी
  • Campus रिपोर्ट
  • स्क्रीन TASTE
  • स्पेशल/Exclusive
  • ELECTION लाइव
  • बहरवासू
  • देश दुनिया
बलिया रेडियो LiVE
  • Home
  • ब्रेकिंग न्यूज
  • गांव-जवार के हाल ठीके बा, एने दू बेर आन्हीं-पानी आइल हा, कई ठांवा पथरो परल बा
  • बहरवासू
  • ब्रेकिंग न्यूज

गांव-जवार के हाल ठीके बा, एने दू बेर आन्हीं-पानी आइल हा, कई ठांवा पथरो परल बा

पावं लागीं मलिकार! रउरा त एकदमे गुलर के फूल हो गइल बानी. ना कवनो पाती आ न कवनो सनेशा. पइसवा बैरी त रउरा के परदेसी बनाइए दिहलस, राउर पातीए पढ़ के संतोष क लीले, बाकिर जब उहो ढेर दिन हो जाला त मन मछरी अइसन मछिआये लागेला. अउरी कुछ होखे भा ना, बाकिर पाती पठावल मत छोड़ेब.
News Desk 30 August, 2018 1 minute read
Om_Prakash_Ashk
डिजिटल इंडिया में मोबाइल क्रांति के चलते चिट्ठी-पतरी गुजरल जमाना के बात बा. बहरवासु-कमासुतों से संपर्क के कौनो जमाना में चिट्ठिये माध्यम रहे. कौनो दौर में चतुरी चाचा के चिट्ठी पूर्वांचल में खोज खोज के अखबार में पढल जाए. प्रस्तुत बा मलिकाइन के पाती…. एकर लेखक ओमप्रकाश अश्क देश के जानल मानल पत्रकार हईं. छपरा के मूल निवासी हईं. जनसत्ता, प्रभात खबर अउर हिंदुस्तान जइसन बड़ अखबारन के उहांके संपादक रह चुकल बानी.

मलिकाइन के पाती-1

पावं लागीं मलिकार! रउरा त एकदमे गुलर के फूल हो गइल बानी. ना कवनो पाती आ न कवनो सनेशा. पइसवा बैरी त रउरा के परदेसी बनाइए दिहलस, राउर पातीए पढ़ के संतोष क लीले, बाकिर जब उहो ढेर दिन हो जाला त मन मछरी अइसन मछिआये लागेला. अउरी कुछ होखे भा ना, बाकिर पाती पठावल मत छोड़ेब.
गांव-जवार के हाल ठीके बा. एने दू बेर आन्हीं-पानी आइल हा. कई ठांवा पथरो परल बा. पांड़े बाबा भोरहियां खबर कागज पढ़ के सुनावत रहवीं लोग के कि कहवां-कहवां का नोकसान भइल बा. दस आदमी के जानो चल गइल बा. गोंयड़ा के गेहूं कटाइल बा. काल्ह सोचले रहनी दंवा देबे के. हरिचरन के सनेशा भेजववले रहनी कि ए बाबू, तनी थरेसरवा ले अइह. सब पलान पर पानी फेर गइल ई आन्हीं-पानी.
एगो बात त रउरा ना मालूम होई मलिकार, मामा के मउसी के बड़की बेटिया फउज में बहाल हो गइल. मामी बतावत रहली कि फूलन देवी अइसन ऊ दुशमन पर दे दनादन बंदूक चलावे के टरेनिंग ले तिया. ई मामा के ओही मउसी के बेटी ह, जवना के बाप दारू पीयल ना छोड़ले त ऊ उनकरे के पुलिस बोला के पकड़वा दिहलस. ऊ अपना मतारियो के ना सुनलस. पियकड़ई में ओकर बाप धूरे धूर बेच दिहले. खाली घड़ारी बांचल बा. तबे बुझा गइल रहे कि ई दोसरा माटी-मिजाज के बिया. चलीं, अब ओकर घर संवर जाई. मामा बतावत रहले कि जेल से अइला के बाद बापो बदल गइल बाड़े. दारू-ताड़ी त छूटिये गइल, घरो में शांति बा. हमरा त बुझाता मलिकार, नीतीश ई एगो सब से बड़ आ नीक काम कइले. भगवान उन कर भला करस.
हमहूं कवन पुरान लेके बइठ गइनी. आपन कहे-सुने के जगहा दोसर बतकही में अझुरा गइनी. लगन-पताई के दिन बा. नेवता-हकारी में कुछ खरचा बढ़ी. एह महीना दस-पांच बेसिये भेजब रउरा. नान्ह-बार ठीक बाड़े सन.
राउरे,
मलिकाइन

Tags: मलिकाइन के पाती

Post navigation

Previous: ट्रेन से गिरकर अधेड़ महिला की मौत, शिनाख्त नहीं
Next: बलिया के महान सपूतो एवं सेनानियों के गांव में बने स्मारक और संग्रहालय

ये भी पढ़ें

Belthra Hansia Attack 4
  • CRIME डायरी
  • जिला जवार
  • बेल्थरा रोड
  • ब्रेकिंग न्यूज

Ballia Breaking News: बेल्थरारोड क्षेत्र में तीन किशोरों पर धारदार हंसिया से हमला, गंभीर होने पर दो जिला अस्पताल रेफर

General Desk 7 September, 2026
haldi truck accident
  • Accident
  • जिला जवार
  • ब्रेकिंग न्यूज

Ballia News: थाने से 20 मीटर दूर हल्दी में ट्रकों की टक्कर, केबिन में फंस गया था ड्राइवर

Central Desk 27 July, 2026
road accident Symbolic
  • Accident
  • Front Page
  • जिला जवार
  • ब्रेकिंग न्यूज

Ballia-दो मोटरसाइकिलों की सामने से टक्कर, हादसे में एक व्यक्ति की मौत, दो लोग घायल

General Desk 22 July, 2026

Recent Posts

  • Ballia-सरसों के तेल की जगह सत्यानाशी का तेल खाने से हुईं एक ही परिवार के तीन लोगों मौतें, जांच में खुलासा
  • Ballia News:डीएम बलिया और एसपी ने सम्पूर्ण समाधान दिवस में सुनीं जनसमस्याएं, 9 का मौके पर निस्तारण
  • Ballia-बेल्थरारोड में धूमधाम से मनाया गया बाबा गणिनाथ जन्मोत्सव, भव्य शोभायात्रा और सामूहिक हवन में उमड़े लोग
  • महावीरी झंडा जुलूस शांतिपूर्वक संपन्न कराने के लिए एएसपी की अध्यक्षता में शांति समिति की बैठक
  • Ballia-राष्ट्रीय प्रतियोगिता में खेल कर लौटीं सोनाडीह की तीन बेटियों का स्टेशन पर हुआ स्वागत
  • Ballia-विवाहिता ने पति से जताया जान का खतरा, फोन कॉल पर तुरंत एक्शन में आई पुलिस
  • Ballia-सरयू की बाढ़ में घर-खेत बहे, अब ठोस व्यवस्था की मांग, एसडीएम को सौंपा ज्ञापन
  • Ballia-रसड़ा कोतवाली क्षेत्र में मां-बेटी के मर्डर से सनसनी, पुलिस ने पति को हिरासत में लेकर जांच शुरू की
  • Ballia-प्रधानमंत्री के जन्मदिवस पर वीर लोरिक स्टेडियम में मंत्री दयाशंकर सिंह ने जलाया ‘आशीर्वाद का दीया’
  • Ballia-विधायक केतकी सिंह ने रंगोली बनाकर, दीया जलाकर मनाया पीएम मोदी का जन्मदिन
  • Ballia-प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के जन्मदिन पर सफाई, वृक्षारोपण के साथ स्वच्छता मित्रों का हुआ सम्मान
  • ग्राम प्रधान पर मुकदमा दर्ज होने के बाद एडीओ पंचायत को बनाया गया ग्राम पंचायत का प्रशासक
  • Ballia-पिता के हत्यारों से परिवार को खतरा! मुख्यमंत्री से मिलने की मांग पर अड़ी पूर्व सीआरपीएफ जवान की पुत्री
  • Ballia: सृष्टि के शिल्पी भगवान विश्वकर्मा की विधि-विधान से की गई पूजा, विशाल भंडारे में उमड़ी श्रद्धालुओं की भीड़
  • Ballia-उमेश चौरसिया हत्याकांड का पुलिस ने किया खुलासा, पांच आरोपी गिरफ्तार
  • Ballia News: सुनील कुमार मौर्य बने समाजवादी पार्टी बलिया के जिलाध्यक्ष
  • उमेश हत्याकांड: परिजनों का दाह संस्कार से इनकार, बुलडोजर एक्शन और एनकाउंटर की मांग
  • Ballia-शौच के लिए गए बुजुर्ग की संदिग्ध परिस्थितियों में मौत, सर्पदंश की आशंका
  • Ballia-पूर्व सीआरपीएफ जवान हत्याकांड का 25 हजार का एक इनामी आरोपी अब भी फरार, पुलिस ने मांगा जन-सहयोग
  • Ballia-अमरेश हत्याकांड के मुख्य आरोपी रामकरण सिंह का बलिया सीजेएम कोर्ट में समर्पण, तीन पुलिस टीमों-एसटीएफ को दिया चकमा
  • Ballia-महिला की शिकायत पर अश्लील वीडियो वायरल करने के आरोप में तीन लोगों पर केस
  • Ballia-उभांव थाना क्षेत्र में चार दिन में दो हत्याओं से सनसनी, कानून-व्यवस्था पर उठे सवाल
  • Ballia-सीएचसी बांसडीह के एंबुलेंस ड्राइवर की पिटाई, अस्पताल परिसर में ही 5 लोगों ने किया हमला!
  • Ballia-शहीद बिजेंद्र को किया गया नमन, पाकिस्तानी आतंकियों से लोहा लेते दिया था सर्वोच्च बलिदान
  • Ballia-मारपीट में घायल युवक की मौत, 15 दिन पुराने विवाद को लेकर फिर हुआ था झगड़ा

You may have missed

Pashuhari CAse Medical Jaanch
  • जिला जवार
  • बेल्थरा रोड

Ballia-सरसों के तेल की जगह सत्यानाशी का तेल खाने से हुईं एक ही परिवार के तीन लोगों मौतें, जांच में खुलासा

General Desk 19 September, 2026
DM Ballia Samadhan Diwas 1
  • जिला जवार
  • बांसडीह

Ballia News:डीएम बलिया और एसपी ने सम्पूर्ण समाधान दिवस में सुनीं जनसमस्याएं, 9 का मौके पर निस्तारण

General Desk 19 September, 2026
Baba Ganinath Janmotsav 1
  • जिला जवार
  • बेल्थरा रोड

Ballia-बेल्थरारोड में धूमधाम से मनाया गया बाबा गणिनाथ जन्मोत्सव, भव्य शोभायात्रा और सामूहिक हवन में उमड़े लोग

General Desk 19 September, 2026
Sear Peace Commetee Meet
  • जिला जवार
  • बेल्थरा रोड

महावीरी झंडा जुलूस शांतिपूर्वक संपन्न कराने के लिए एएसपी की अध्यक्षता में शांति समिति की बैठक

General Desk 18 September, 2026
  • About Us
  • Contact Us
  • Privacy Policy
  • Youtube
  • Facebook
  • Whatsapp
  • X
  • Instagram
  • Telegram
  • Threads
© 2012 - 2026 Ballia LiVE | All rights reserved.