Skip to content
21 September, 2026
  • Youtube
  • Facebook
  • Whatsapp
  • X
  • Instagram
  • Telegram
  • Threads
ballia live

Since 2012. Still here. Ballia LIVE

cropped-cc-advert.png

बलिया लाइव VIDEOs

Primary Menu
  • जिला जवार
  • UP लाइव
  • CRIME डायरी
  • Campus रिपोर्ट
  • स्क्रीन TASTE
  • स्पेशल/Exclusive
  • ELECTION लाइव
  • बहरवासू
  • देश दुनिया
बलिया रेडियो LiVE
  • Home
  • भोजपत्तर
  • कोरोना काल में गांव के लोगन के बढ़ल परेशानी, अपनी बोली में मोहन सिंह का विशेष लेख
  • Featured Story
  • VIRAL न्यूज़
  • जिला जवार
  • भोजपत्तर

कोरोना काल में गांव के लोगन के बढ़ल परेशानी, अपनी बोली में मोहन सिंह का विशेष लेख

Remote Desk 3 June, 2021

(मोहन सिंह, वरिष्ठ स्तंभकार)

कोरोना काल में गांव के लोगन के बढ़ल परेशानी. कवनों विपति के समय लोगन के सामने कवना तरह के मुसीबत आवेला ओकर बहुत जीवंत वर्णन गोस्वामी तुलसीदास जी एगो कवित में कइले बानी,,,,.. खेती न किसानी को भिखारी के ना भीख भली, वणिक को वणिज न चाकर के चाकरी.जीविका विहीन लोग सीधमान सोचवश कहे एक दूसरों कहां जाइ,का करी.. जी हां,लगातर ई दूसरका साल बा, जब लोगन के समझ नइखे आवत कि अब का होई. खासकर अइसन समय में जब देश में कोरोना के दुगो लहर में पता ना कतना जिंदगी बर्बाद हो गईल.

अब तीसरका लहर के आवें के भविष्यवाणी हो रहल बा. गांव में कवनों अइसन घर नइखे, जहॉ केहु कवनों ना कवनों अपना खास के ना खोवले होखें. लेकिन जइसन कुँवर नारायण के एगो कविता में बतावल गईल बा, आ जवना के ई आशय बा कि आदमी के साहस से ताकतवर कवनों आफत, विपत्ति ना हो सकें. एह उम्मीद के सहारे जीवन के नाव आगे खेंवात बा. ई किसानन के जिंदगी में भी तबाही के दुसरका साल चलत बा.
पिछलका साल के कोरोना के आफत भी कवनों कोर कसर ना छोड़ले रहें. सब्जी के खेती,गर्मी वाला मक्का के किसानन के पैदावार के काफी नुकसान भईल रहें. एह साल गनीमत अतने बा कि किसानन के अनाज खलिहान से घर आ गईल बा. असमय बरसात से किसान के पैदावार बच गईल बा.बाकी किसानन के पैदावार के सरकारी खरीद में एह साल एतना तकनीकी दिक्कत खड़ा हो गइल बा कि जरूरतमंद किसान उबिया के आपन पैदावार कम दाम पर साहूकारन के बेंचे के मजबूर बाड़न.

सब्जी के खेती करें वाला किसानन के हाल ई बा गांव में लौकी,नेनुआ,करैला आ परवल तोड़ाई के मजदूरी ऑइल मुश्किल हो गइल बा.यहां याद कइल जरूरी बा कि उत्तर प्रदेश आ बिहार में गंगा,घाघरा के बीच के दोआब में बड़ा पैमान पर जायद के खेती होला.कोरोना के पिछला दौर में जवन मजदूर शहर से गांव ऑइल रहें उ अधिकतर लोग दुबारा शहर गईला के अपेक्षा खेती के काम में हाथ आजमावे के कोशिश कईल.

एह लोगन के वजह से खेत के मालगुजारी बढ़ गईल.ई लोग एह उम्मीद में खेती कइल कि शहर में दर दर के ठोकर खइला से बेहतर बा कि आपन खेती बारी कइल जाय.बाकी ओह उम्मीद पर एह साल भी फेर पानी फिर गईल. जायद के खेती करे वाला किसानन के लागत निकालल मुश्किल हो गईल बा.केरल सरकार की तरह सब्जी के पैदावार के न्यूनतम समर्थन मूल्य देबे के कवनों राज्य सरकार घोषणा नइखे कइले.अभी तक रबी के फसल के खरीद के ही कवनों समुचित व्यवस्था नइखे हो पावत.

आलू,प्याज के किसान जरूर एह साल फायदा में बाड़े.बाजार में एह समय सबसे महंगा सब्जी आलू आ प्याज बिकत बा.लग्न, विवाह में सब्जी के खपत कम हो गइल बा,काहे कि आयोजन के आकार एह समय छोटा होत बा.आवाजाही पर पाबन्दी,होटल ढाबा,रेस्तरां के बंदी की वजह से भी लागत दाम किसानन के नइखे मिलत.

विवाह के अलावा गांव में आजकल बड़ा आयोजन के फैशन हो गइल बा,छोट बच्चन के मुड़न संस्कार के. गावँ में आजकल खूब बाजा गाजा संग बड़ा पैमाना पर ई आयोजन के सिलसिला चल पड़ल बा. बाकी एह कोरोना काल में जब से गंगा जी मे अधमरल आदमी के लाश उतरॉईल दिखाइल हा, अब लोग गंगा जी में स्नान करें से परहेज करें लागल बा. मुंडन के नाम पर खाली पंडित जी हजाम, लड़का आ ओकर माई, घरे से नहा के किनारे मुंडन के रस्म पूरा करावत बा.शाम के बड़ा भोज के आयोजन होत बा, जवना में शादी विवाह के तरह कोरोना प्रोटोकॉल के माने के जरूरत लोग महसूस नइखे करत.
पौराणिक कथा में एह बात के जिक्र मिलेला कि राजा भगीरथ के प्रयास से उनका पुरखन के तारे खातिर गंगा जी के अवतरण पृथ्वी पर भईल.सवाल ई बा कि का ई अइसन समय आ गईल बा कि पतित पावनी, मोक्ष दायनी गंगा जी जल में अब उ पवित्रता नइखे रह गईल आ लोगन के आस्था में कवनों कमी आ गईल बा कि लोग आचमन करें अथवा मुंडन संस्कार के बाद स्नान के हिम्मत नइखे जुटा पावत. ई भी ओह देश में जहां नदी के किनारे पूरी सभ्यता विकसित भइला के दावा कइल जाला.

सिंधु सभ्यता के विकास भी जवना इलाका में भइल बा,आ जवन स्थानन के नामकरण भइल बा ओकर एगो अर्थ बा लाशों का टीला.अभी गनीमत बा कि कोरोना काल में भी गंगा जी के बहाव में लाशन के ढ़ेर नइखे मिलत. बाकी एह परिस्थिति में महामारी के भयावहता त प्रकट होते बा.ओह देश में जहां गर्भाधान से मृत्यु तक के संस्कार के विधान खेती किसानी आ गंगा जल के शुद्धता से जुड़ल बा.,,,,,,, मोहन सिंह अपना गांव दोकटी से..
(लेखक मोहन सिंह वरिष्ठ स्तंभकार हैं और यह उनके निजी विचार हैं)

Tags: रोजगार

Post navigation

Previous: बांसडीह में जर्जर सड़क पर गिरने से युवती की मौत, मुआवजे की मांग
Next: बीज और खाद की 27 दुकानों पर कृषि अधिकारियों ने डाला छापा, मचा हड़कंप

ये भी पढ़ें

Sear CHC
  • Accident
  • जिला जवार
  • बेल्थरा रोड

Ballia-नीलगाय से टकराए बाइक सवार, एक युवक की हालत गंभीर

General Desk 20 September, 2026
Kotwali Bansdih 2025
  • CRIME डायरी
  • जिला जवार
  • बांसडीह

Ballia-बर्थडे पार्टी में फोटोग्राफी के नाम पर बुलाकर बदमाशों ने कैमरा और बाइक लूटी

General Desk 20 September, 2026
road accident Symbolic
  • CRIME डायरी
  • जिला जवार
  • बेल्थरा रोड

Ballia-अनियंत्रित कार से बचने के प्रयास में ई-रिक्शा गड्ढे में पलटा, चालक गंभीर रूप से घायल

General Desk 20 September, 2026

Recent Posts

  • Ballia-नीलगाय से टकराए बाइक सवार, एक युवक की हालत गंभीर
  • Ballia-बर्थडे पार्टी में फोटोग्राफी के नाम पर बुलाकर बदमाशों ने कैमरा और बाइक लूटी
  • Ballia-अनियंत्रित कार से बचने के प्रयास में ई-रिक्शा गड्ढे में पलटा, चालक गंभीर रूप से घायल
  • Ballia-ससुराल से लाखों के जेवर और नकदी समेटकर फरार हुई बहू? मायके वालों पर लगाया साजिश का आरोप
  • Ballia: शहीद रामप्रवेश यादव की नौवीं पुण्यतिथि पर पूर्व सांसद, पूर्व विधायक समेत बड़ी संख्या में लोगों ने दी श्रद्धांजलि
  • बलिया के गाय पालकों ने रंगीलो काशी नंदी शो में जीते दो अवार्ड, लाखों रुपए इनाम में मिले
  • Ballia-सरसों के तेल की जगह सत्यानाशी का तेल खाने से हुईं एक ही परिवार के तीन लोगों मौतें, जांच में खुलासा
  • Ballia News:डीएम बलिया और एसपी ने सम्पूर्ण समाधान दिवस में सुनीं जनसमस्याएं, 9 का मौके पर निस्तारण
  • Ballia-बेल्थरारोड में धूमधाम से मनाया गया बाबा गणिनाथ जन्मोत्सव, भव्य शोभायात्रा और सामूहिक हवन में उमड़े लोग
  • महावीरी झंडा जुलूस शांतिपूर्वक संपन्न कराने के लिए एएसपी की अध्यक्षता में शांति समिति की बैठक
  • Ballia-राष्ट्रीय प्रतियोगिता में खेल कर लौटीं सोनाडीह की तीन बेटियों का स्टेशन पर हुआ स्वागत
  • Ballia-विवाहिता ने पति से जताया जान का खतरा, फोन कॉल पर तुरंत एक्शन में आई पुलिस
  • Ballia-सरयू की बाढ़ में घर-खेत बहे, अब ठोस व्यवस्था की मांग, एसडीएम को सौंपा ज्ञापन
  • Ballia-रसड़ा कोतवाली क्षेत्र में मां-बेटी के मर्डर से सनसनी, पुलिस ने पति को हिरासत में लेकर जांच शुरू की
  • Ballia-प्रधानमंत्री के जन्मदिवस पर वीर लोरिक स्टेडियम में मंत्री दयाशंकर सिंह ने जलाया ‘आशीर्वाद का दीया’
  • Ballia-विधायक केतकी सिंह ने रंगोली बनाकर, दीया जलाकर मनाया पीएम मोदी का जन्मदिन
  • Ballia-प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के जन्मदिन पर सफाई, वृक्षारोपण के साथ स्वच्छता मित्रों का हुआ सम्मान
  • ग्राम प्रधान पर मुकदमा दर्ज होने के बाद एडीओ पंचायत को बनाया गया ग्राम पंचायत का प्रशासक
  • Ballia-पिता के हत्यारों से परिवार को खतरा! मुख्यमंत्री से मिलने की मांग पर अड़ी पूर्व सीआरपीएफ जवान की पुत्री
  • Ballia: सृष्टि के शिल्पी भगवान विश्वकर्मा की विधि-विधान से की गई पूजा, विशाल भंडारे में उमड़ी श्रद्धालुओं की भीड़
  • Ballia-उमेश चौरसिया हत्याकांड का पुलिस ने किया खुलासा, पांच आरोपी गिरफ्तार
  • Ballia News: सुनील कुमार मौर्य बने समाजवादी पार्टी बलिया के जिलाध्यक्ष
  • उमेश हत्याकांड: परिजनों का दाह संस्कार से इनकार, बुलडोजर एक्शन और एनकाउंटर की मांग
  • Ballia-शौच के लिए गए बुजुर्ग की संदिग्ध परिस्थितियों में मौत, सर्पदंश की आशंका
  • Ballia-पूर्व सीआरपीएफ जवान हत्याकांड का 25 हजार का एक इनामी आरोपी अब भी फरार, पुलिस ने मांगा जन-सहयोग

You may have missed

Sear CHC
  • Accident
  • जिला जवार
  • बेल्थरा रोड

Ballia-नीलगाय से टकराए बाइक सवार, एक युवक की हालत गंभीर

General Desk 20 September, 2026
Kotwali Bansdih 2025
  • CRIME डायरी
  • जिला जवार
  • बांसडीह

Ballia-बर्थडे पार्टी में फोटोग्राफी के नाम पर बुलाकर बदमाशों ने कैमरा और बाइक लूटी

General Desk 20 September, 2026
road accident Symbolic
  • CRIME डायरी
  • जिला जवार
  • बेल्थरा रोड

Ballia-अनियंत्रित कार से बचने के प्रयास में ई-रिक्शा गड्ढे में पलटा, चालक गंभीर रूप से घायल

General Desk 20 September, 2026
Thana Bansdih Road
  • CRIME डायरी
  • जिला जवार
  • बांसडीह

Ballia-ससुराल से लाखों के जेवर और नकदी समेटकर फरार हुई बहू? मायके वालों पर लगाया साजिश का आरोप

General Desk 20 September, 2026
  • About Us
  • Contact Us
  • Privacy Policy
  • Youtube
  • Facebook
  • Whatsapp
  • X
  • Instagram
  • Telegram
  • Threads
© 2012 - 2026 Ballia LiVE | All rights reserved.